प्रभु भोज अउर एकर अगुवाई कईसे कईल जाला
यीशु कहले, “हम उ जिन्दा रोटी हई जवन स्वर्ग से उतरल हईं, जे केहू ई रोटी खाई उ हमेशा खातिर जिंदा रही, ई रोटी हमार मांस बा, जेकरा हम दुनिया के जिनगी खातिर देब।” पवित्र सहभागिता या “प्रभु भोज” यीशु से हमनी के घनिष्ठ जुड़ाव अउर लगातार चलत संबंध के जश्न मनावे के एगो तरीका बा। एकरा मनावे के एगो सरल तरीका इहाँ बा!
जब रउआ यीशु के अनुयायी के रूप में एक जगह जुटीं, त कुछ देर शांत ध्यान में बिताईं, चुपचाप अपना पाप पर विचार करीं आ ओकरा के स्वीकार करीं। जब रउआ तइयार हो जाईं, त केहू से धर्मशास्त्र के ई अंश पढ़वाईं -- “काहे कि हम प्रभु से उ बात पवनी जे रउआ लोग के भी सौंपनी, कि प्रभु यीशु ऊ रात, जब पकड़वावल गइलन, रोटी लिहलन; आ धन्यवाद कइला के बाद ऊ एकरा तोड़लन आ कहलन, ‘ई हमार देह बा, जवन रउआ खातिर बा; हमार याद में ई करीत रहऽ।’” 1 कुरिन्थियों 11:23-24
रउआ अपना समूह खातिर जे रोटी अलग राखले बानी, ऊ बाँटीं आ खाईं।
पढ़ाई आगे बढ़ाईं -- “एही तरह भोजन के बाद ऊ प्याला भी लिहलन आ कहलन, ‘ई प्याला हमार लहू में नई वाचा हऽ; जब-जब रउआ ई पीअ, त हमार याद में ई करीत रहऽ।’” 1 कुरिन्थियों 11:25
रउआ अपना समूह खातिर जे सरबत चाहे दाखरस अलग राखले बानी, ऊ बाँटीं आ पीीं।
पढ़ाई इहाँ पूरा करीं: “काहे कि जब-जब रउआ ई रोटी खानी आ ई प्याला पीनी, त रउआ प्रभु के मौत के प्रचार करत बानी, जबले ऊ फेर ना आ जास।” 1 कुरिन्थियों 11:26
प्रार्थना या गीत के साथ जश्न मनाईं। रउआ प्रभु भोज में सहभागी भइनी। रउआ उनकर बानी आ ऊ रउरा बाड़न!
खुद से पूछीं
- बाइबिल का कहेला कि प्रभु भोज लेवे खातिर का जरूरी बा आ का जरूरी नइखे?
आज ही जूम प्रशिक्षण शुरू करीं
ई बिलकुल मुफ्त बा, आ रउआ कबो शुरू कर सकेनी—जहंवा रउआ बानी, ओहिजे अपना गति से आगे बढ़ीं।
पंजीकरण मुफ्त बा